2026
2026 ग्रेगरियन कैलेंडर के बियफे के शुरू होखे वाला एगो साधारण साल, कॉमन एरा (CE) आ एनो डोमिनी (AD/ईसवी साल) सिस्टम अनुसार 2026वाँ, 3वाँ सहस्राब्दी के 26वाँ साल, आ 2020 के दशक के 7वाँ साल आ वर्तमान में चल रहल साल बाl
साल के शुरुआती दौर में अमेरिका महादीप आ मध्य पूर्व में हथियारबंद संघर्ष अउरी तेज हो गइलें। जनवरी में अमेरिका वेनेजुएला में एगो सैन्य अभियान चलवलस, जवना में ओह समय के राष्ट्रपति निकोलस मादुरो के पकड़ लिहल गइल। एकरा बाद वेनेजुएला से तेल के निर्यात पर नाकाबंदी लगा दिहल गइल, जेकरा चलते क्यूबा में संकट अउरी गहिरा गइल। सीरिया में सरकार के एगो सैन्य अभियान के चलते सीरियाई डेमोक्रेटिक फोर्सेज के आखिरकार सीरियाई सेना में शामिल कर लिहल गइल। एहसे रोजावा क्रांति के अंत हो गइल। यमन में सरकार के जवाबी सैन्य अभियान के चलते सदर्न ट्रांजिशनल काउंसिल के पतन हो गइल। एकरा बाद हूती लोग कई गो सैन्य अभियान चलवलस, जवना में सऊदी अरब के हवाई अड्डन पर हमला भी शामिल रहे।
फरवरी में पाकिस्तान, अफगानिस्तान पर हवाई हमला कइलस, जेकरा चलते दुनो देसन के बीच खुल्ला युद्ध शुरू हो गइल। ईरान में बिरोध प्रदर्शन पर अधिकारी लोग के सख्त कार्रवाई के जवाब में अमेरिका आ इजराइल फरवरी के आखिरी दौर में जुद्ध शुरू कइलें। एह युद्ध के शुरुआत सर्वोच्च नेता अली खामेनेई के हत्या से भइल। एकर नतीजा व्यापक आर्थिक संकट, ईंधन के कमी, खाड़ी के देसन पर जवाबी हमला, होर्मुज जलडमरूमध्य के बंद होखल आ ईरान के नौसैनिक नाकाबंदी के रूप में सोझा आइल। एह दौरान इथियोपिया में चल रहल घरलू संघर्ष अउरी तेज हो गइल।
| ई लेख कौनों खास साल से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |